Browse songs by

jaa jaa re suganaa ... laagii naahii.n chhuuTe raamaa

Back to: main index
View: Plain Text, हिंदी Unicode, image


ल : जा जा रे सुगना जा रे कहि दे सजनवा से
लागी नाहीं छूटे रामा चाहे जिया जाए

त : भइली आवारा सजनी पूछला पवनवा से
लागी नाहीं छूटे ...

ल : दिया रोज हारि जाला संग संग जलि के -२
त : चँदवा भी थकि जाला मोरा संग चलि के
ल : तड़पइले रात दिन कौनारे जमनवा से
लागी नाहीं छूटे ...

त : बिरहा के दगवा से भर गइल छतियाँ
ल : लाल से पीयर भईल हमरी सुरतिया
त : तोहरी सुरतिया नाही निकसेला मनवा से
लागी नाहीं छूटे ...

ल : मटिया मिलल जाला सोना के जवनिया -२
त : अँसुवा में डूब गइल सारी जिन्दगनिया
ल : भुइया गिरेला कजरा बहि के नैनवा से
लागी नाहीं छूटे ...

View: Plain Text, हिंदी Unicode, image